मुख्य पन्ना
|
विकिपीडिया के बारे में |
|---|
आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा। आपो इहाँ मदद क सकत बानी!
|
बढ़ियाँ लेख |
भारत, पूरा नाँव भारत गणराज्य, दक्खिन एशिया में एगो देश बा। भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेश भी कहल गइल बा। क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ, जनसंख्या अनुसार दुनिया के दुसरा सबसे सबसे बड़हन देस बाटे। उत्��र में हिमालय, दक्खिन में हिंद महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी से घेराइल ई एह क्षेत्र आ बिस्व में एक ठो महत्वपूर्ण आर्थिक, राजनीतिक आ सैनिक ताकत बा। बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र आ बिस्व में दसवाँ सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था (नामिक जी॰डी॰पी॰ पर) हऽ। हिमालय के ऊँच पहाड़, उत्तरी भारत के मैदान, दक्खिनी प्रायदीप के पठार आ समुंदरी किनारा के मैदान एकर प्रमुख भूगोलीय हिस्सा बाने; पच्छिम में थार के सूखा रेगिस्तान से ले के दूर पुरुब में चेरापूँजी आ मॉसिनराम संसार के सभसे ढेर बरखा वाला जगह इहाँ बा। गंगा नदी इहाँ के राष्ट्रीय नदी बा आ महावीर अउरी गौतम बुद्ध नियर लोग के करमभूईं रहल बा। भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर होखले के बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा। |
समाचार में |
|---|
|
का आपके मालुम बा? |
|
विकिपीडिया बिसयसूची
पर्यावरण
भूगोल & जगह
कला
बेहवारिक बिज्ञान
टेक्नोलॉजी
प्राकृतिक बिज्ञान
समाज
लोग
आ अउरी...
|
|
विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:
|


